Sunday, August 26, 2007

पीठ्ठा

सामग्री ;-

चावल के आटा -२ कटोरी
चना के दाल -१ कटोरी
जीरा - १ छोटा चम्मच
हल्दी -१/२ छोटका चम्मच
हरियर मरिचा - ३ गो
धनिया के पत्ता - २ चम्मच कतरल
लहसून-अदरक - १ छोटका चम्मच [पीसल]
प्याज - १ गो महीन कतरल
गरम मसाला - १/२ छोटका चम्मच
तेल - २ चम्मच
नून स्वाद के अनुसार

तरीका :--
चावल के आटा के गरम पानी से सान ली। चना के दाल के कम पानी से पीस ली।कढ़ाही मे तेल गरम कर के जीरा डाल दी। जब जीरा तरताराये लगे तब प्याज डाल दी। २-३ मिनट ले भुजी प्याज के ओकरा बाद ओहमे धनिया पत्ता छोड के सब चीज़ मिला दी। २-३ मिनट ले निमन से भुजी। अब पीसल दाल मिला दी। कुछ देर और भुज ली। अब धनिया पत्ता मिला के उतार ली। कुछ देर ठंडा होखे दी। अब सनालका चाउर के आटा के लोइया बना ली। ओकरा के कटोरी जैसन कर के ओहमे १ चम्मच दाल के भर दी। अईसे ही पुरा आटा के लोइया बना के दाल से भर के रख ली। ध्यान रहे कि कही से लोइया के मुहँ खुलल ना होखे। अब एगो देगची मे पानी खौलावे के रख दी।देगची के मुहं पर पतला कपडा बाँध दी। ओह्पर सब पीठा के रख दी। कवनो बरतन से तोप दी।१०-१५ मिनट पानी के खवले दी। आंच से उतार कर ओहिंगा रहे दी। ठंडा भैला पर चटनी के साथे परोसी।

चना के दाल के जगह खोवा ओउर नारियल भी भर के मीठा पीठा बन सकेला।

Tuesday, August 21, 2007

बिछी मारला पर

गांव नगर मे अक्सर लोग के बिछी मार देला। एह मे बहुत पीरा होला। जवना जगह बिछी मरले रहेला ओहिजा बहुत जलन होला, झनझनाहट होला सुई चुभे जैसन दर्द होला।ई दर्द बहुत तेजी से उपर चढेला। एकर कुछ राम बाण इलाज़ बतावत बानी।
१ फिटकरी सबसे उपयोगी दवा ह। सिलवट के बढिया से साफ करके फिटकरी के चंदन लेखा घिसी तन्नी सा पानी डाल के. जहंवा बिछी मरले बा ओहिजा ई लेप लगा के सेक दी।

२ फिटकरी के तनी गरम कईला पर उ गले लागेला। जब गले लागे त ओकरा के डंक वाला जगह पर चिपका दीं। उ चिपक जाई और पुरा जहर चुसला पर अपने आप छोड़ दी।

३ कभी कभी ना पता चलेला कि बिछी कहंवा मरले बिया खासकर राती खान। और जब तक जगह पर दवाई ना लगे तब तक ओकर असर भी सही ना होला।एह से एगो दोसर इलाज़ ई बा कि सेंधा नमक के तीन गुना पानी मे घोर के रख दी। जेकरा बिच्छू मरले होके ओकरा आँखी मे सलाई से ई पानी लगाईं तुरत जहर उतरल सुरु हो जाई।

४ सेंधा नमक के पीस के कटल प्याज से उठा के डंक वाला जगह पर मलला से भी जहर और डंक दुनू दूर होला।

Wednesday, August 8, 2007

हरल भरल चटनी

सामग्री :-
पुदीना -१/२ कप महीन कतरल
निम्बू के रस -२-३ चम्मच
हरियर मरिचा - २-३
चीनी - १ चम्मच
नून स्वाद के अनुसार

बनावे के तरीका:-
निम्बू के रस छोड के सब समान के एक साथे पीस ली। एक कटोरी मे निकाल के निम्बू के रस निमन से मिला ली। लिट्टी आउर निम्की के साथे परोसी।

Friday, August 3, 2007

चोखा आउर चटनी

चोखा
सामग्री :-
आलू -४
प्याज -१ बड़ा महीन कतरल
हरियर
मरिचा -२ गो महीन कतरल
लहशुन
-५ जावा महीन कतरल
धनिया पत्ता - १/२ कटोरी महीन कतरल
नून - स्वाद के अनुसार
सरसो
तेल - २ चम्मच

तरीका:-
आलू
के उसीन ली। अब ओह मे सब समान मिला दी। खूब निमन से सान दी। हो गइल चोखा तैयार।

चटनी
सामग्री :-

धनिया -१ गुच्छा (तकरीबन २०० ग्राम)
लहसुन -१ पुरा (तकरीबन ५० ग्राम)
हरिअर मरिचा -३से ४
खटाई स्वाद अनुसार
नून स्वाद अनुसार
सरसों तेल - २ चम्मच

विधि
सब चीज़ मिला के पीस ली । ऊपर से सरसों तेल मिला ली। हो गइल चटनी तैयार।







Thursday, August 2, 2007

लिट्टी

सामग्री:-

आटा -१/२ किलो
घी -१/२ करछुल
नून -२ चुटकी

भरे खातिर :-
बुंट के सतुवा -१५० ग्राम
अदरक - १ टुकडा [२ इंच के]
लहसुन - १ पुरा
अचार के मसाला - १ मरिचा के पुरा
खटाई - १ निम्बू के रस चाहे आम्चुर १ छोटा चम्मच
हरियर मरिचा -स्वाद के अनुसार
धनिया के पत्ता १/२ कटोरी महीन कतरल
प्याज -२गो बड़का
सरसो के तेल -२ चम्मच
नून - स्वाद के अनुसार


बनावे के तरीका:-

आटा मे घी आउर नून मिलाके खूब कडा सान ली.अब प्याज, अदरक के कद्दुक्श कर ली। हरियर मरिचा आउर लहुसन के खूब महीन कतर ली। अब एगो बरतन मे सतुआ डाल के ओह पर सब मसाला डाल दी । नून आउर सरसो के तेल मिला के सान ली। आटा के छोट-छोट लोइया बना कर कटोरी के आकार दी। अब ओह कटोरी मे सतुवा १ चम्मच भर दी। कटोरी के मुँह बंद कर दी। अगर रउवा लगे तंदूर होखे त ओह मे सेक ली अगर ना त गोंईठाँ मिल सके त उहे जला कर निमना से सेक ली। चारु ओर से गुलाबी सेकाये के चाही।

लिट्टी के साथे चोखा आउर चटनी परोसाला.

Wednesday, August 1, 2007

बादाम के शरबत

सामग्री :-
१ /४ कप बादाम - रात भर के भिगावल
१/२ छोटका चम्मच - केवडा के सत
छोटकी इलैची - २गो
१/२ कप - चीनी
१ -१/२ कप - पानी
गुलाब के पंखुडी - सजावे खातिर

बनावे के तरीका:-
बादाम के महीन पीस ली। पानी,केवडा,इलैची आउर चीनी मिला कर बढिया से घोर दी।
अगर मिक्सी बा त ओही मे घोरी। छान के ठण्डा कर दी फ्रीज मे। गुलाब के पंखुडी से सजा कर परोसी।

आम के शरबत

सामग्री:-
कच्चा आम के गुदा ---२ कप
अदरक के रस --- २-३ बूंद
चीनी --- एक करछुल[१ टेबल स्पुन]
पुदीना के पत्ता ---२-३
नून आउर कालीमिर्च --- स्वाद के मुताबिक
निम्बू के रस --- ५ बूंद
बर्फ

बनावे के तरीका:-
आम के गुदा के मिक्सी आ चाहे सिलवट पर पीस ली। जग मे बर्फ डाल के आम के गुदा डाली ओह्मे नून,चीनी, कालीमिर्च के बुकनी, अदरक के रस आउर निम्बू के रस मिला दी। खूब बढिया से घोर दी। आउर ठंडे ठंडे गिलास मे परोस दी।

ई शरबत के अगर दोसरा बिधि से बनावे के बा त कच्चा आम के जगह पाक्लो आम लिया सकेला आउर चाहे त कांचे आम्वा के उसीन के भी बन सकेला।