Tuesday, July 28, 2009

नगीना फुआ ओउर रूबी भाभी

नगीना फुआ के त सभे केऊ चिन्हेला, आज हम रूबी भाभी के बारे में बताव तानी. रूबी भाभी लक्ष्मी काकी के पतोह हई. गरीब बाप के बेटी, कम दान-दहेज़ पर बियाहल.भला सास के कैसे पसंद परस. एहिसे काकी उनकर बड़ी दुर्गति करस . हमनी के ओह घरी लईका रहीं जा, स्कुल आवत-जात अ आसंहियों काकी के पतोह के प्रति प्रवचन अक्सराहे सुनी जा. बाकि रूबी भाभी कभी एक सबद ना बोलस. कई हाली हमनी के कोठा पर चढ़ के देखले बानी सन भाभी के पिटात. जुलुम दिन पर दिन बढ़ले जात रहे . एक दिन हमनी के सब लईकी सन मिल के फुआ के लगे गईनी जा . हलाँकि फुआ से कौनो बात छिपल ना रहे बाकि केहू के घरेलु मामला में नहींये पड़े के चाहीं. मगर जब पानी माथा के उपर से बहे लागो त का करे के चाहीं. आ ओह भी तब जब केहू के जान परान के बात होके. काहे की कुछ दिन से काकी रूबी भाभी के खाना-पीना भी बंद क देहले रही.इ बात कहीं छुपेला महल्ला में खुसुर-फुसुर होखे लागल.अब फुआ से ना बर्दाश भईल चहुंप गईली काकी किहाँ. फुआ इ बात त जानते रही की समझावला के कौनो असर त पड़ी ना उल्टे बात ओउर बिगड़ जाई. फुआ अपने बदनाम होखिहन से अलग.
फुआ लागली काकी के सुर में सुर मिलावे
फुआ- का हो लछमी कईसन बाडू
काकी- का कही ये नगीना इ पतोहिया जान ले ले बिया. मुअतो नईखे जे पीछा छुटो .
फुआ- काहे का कैइले बिया जे ओकरा के मुआवे में लागल बाडू
काकी- मुआईं ना त का करीं सुखले हाँथ झुलावत चल अईली. हमार बेटा एतना सस्ता रहे का. अभियों अपना बेटा के बियाह करेब नु लाखन में नोट बटोरब, एकरा पाके हमरा का मिलल .
फुआ- बात तू एकदम ठीक कह तारू. अब इ जेतना जिनिगी लिखा के ले आईल बिया ओतना त जियबे करी आ ओतना दिन त तहरा झेलाहीं के परी.
काकी- का करी हम की एकरा से पीछा छुटे
फुआ - एकर खाना -पीना बंद करा द
हमनी के अवाक इ फुआ का कहतारी एक दूसरा के मुहं ताके लगनी सन ,बाकि फुआ त फुआ हई उनका दिमाग में का चलता इ के जाने
काकी- उ त हम कईये देले बानी.
फुआ- (बड़का गो मुहं फार के) आही ए दादा तबो नईखे मुवत, का खिया के एकर बाप पोशले रहे एकरा के, त अब ना मुई , और अगर लछमी तू कहीं एकरा के जरावे- ओरावे के सोचत होखबू त भूल जैइअह काहे की जिनगी भर खातिर तू हूँ जेल में जातं पिसे चल जईबू.
काकी-त तू हीं बताव ना ए नगीना का करी हम एकर
फुआ- एगो काम कर एकरे से काहे ना ओतना पईसा निकल ल जेतना की एकरा बाप से खोजतारु.
काकी- उ कैसे
फुआ- देख महल्ला भर के स्कुल जाये ले सन इ ओहनी के टयूसनपढ़ा दिहल करी कमाईके कमाई और घर में तहरा आँखी के हजुरा भी रही
इ बात काकी के दिमाग में घुस गईल ओउर उ तैआर हो गईली. हो गईल फुआ के मनोकामना पूरा . अब फुआ के दिमाग देखीं जौन जौन लईकी टयूसन जाये लागली सन भाभी से पढ़े उनकर माँ के एगो जिम्मेदारी धरा अईली. आ महल्ला के सब लोग फुआ के साथे हो गईल. अब हमनी के कुछ लईकी भोर में जाइन जा ओउर कुछ लईकी संझिनखन. हमरा अभी भी मन परेला की माँ टयूसन जाये के बेर दू गो पर्वाथा ओउर भुजिया देस आ कहस की पहिले भाभी के खिया दिह तब पढिये . भाभी बेचारी हबर हबर खास ताले हमनी के उनका कोठारिया के केवांडी पर चोवकिदारी करी सन जब भाभी खा लेस त पढीं सन .
कहल जाला' हंसले घर बसेला' काकी कतनो पर्यास कईली बाकि उनकर पतोह ना मरली आज पनरह बारिस के बाद भी रूबी भाभी फुआ के एतना मानेली की गोड्वो धो के पिए के तयिआर. इ बात और बा की जब लछमी काकी जनली त फुआ और महल्ला के लोग से बोलचाल बंद क देहली और हमनी के पढ़ल भी छुट गईल लेकिन तब तक रूबी भाभी के घर बस गईल रहे उनका दू गो बेटा हो गईल रहे भइया भी भाभी के समझ गईल रहलन.
रौआसभे त जानते बानी की फुआ के महल्ला में केहू दुखी होखे इ फुआ से ना बरदास होला. आज फुआ के एगो छींकभी आवेला त रूबी भाभी सबसे पाहिले दौरेली .
--
रश्मि सिन्हा

Saturday, July 25, 2009

व्याकरण की समस्या

मेरे प्यारे जीवनसाथी मेरा प्रणाम आपके चरणो मे । आप ने अभी तक चिट्टी नहीं लिखी मेरी सहेली कॊ ।

नोकरी मिल गयी है हमारी गाय को । बछडा दिया है दादाजी ने । शराब की लत लगा ली है मैने । तुमको बहुत

खत लिखे पर तुम नहीं आये कुत्ते के बच्चे । भेडीया खा गया दो महीने का राशन । छुट्टी पर आते समय ले

आना एक खुबसुरत औरत । मेरी सहेली बन गई है । और इस समय टीवी पर गाना गा रही है हमारी बकरी ।

बेच दी गयी है तुम्हारी मां । तुमको बहुत याद कर रही है एक पडोसन । हमें बहुत तंग करती है तुम्हारी बहन ।

सिर दर्द मे लेटी है तुम्हरी पत्नी

Saturday, June 27, 2009

नगीना फुआ

नगीना फुआ महल्ला के सबसे पुरनिया बुढ हई. इनका लगे सब समस्या के हल रहेला. आउर जवन ऊ कह देस उ सबका मानहू के पड़ेला. मजबूरी से नाहीं, खुशी से. काहे कि उनकरा बात में बहुते दम होला. समस्या उनका साथे इहे बा की लईका उनका के पटा के आपन जरूरत अपना महतारी बाप से पूरा करवा लेवेंले सन. सयान लड़किन के त फुआ जान हई. फुआ के रहते मजाल बा कवनो लडिका आँख उठा के देख जाओ. नगीना फुआ धारावाहिक में अपने सबन के मिलल करी नगीना फुआ के नया-नया कारनामा. पढ़त रहीँ आ अगिला कड़ी के इंतज़ार करत रही.

नगीना फुआ का लगे सब समस्या के समाधान रहेला, ई त सब केहू जानेला. अब आज मुहल्ला में खुसुर-फुसुर होत रहे की दुधवा वाला ए घरी बेसी पानी मिलाव तारन सs. बस बात पड़ गईल फुआ के कान में. निकल चलली फुआ महल्ला में सबका से पूछे. सब कोई इहे कहल की हँ ए फुआ, बड़ा दुःख बा. बुझाते नइखे की दूध में पानी मिलावऽ तारन सन की पानी में दूध! नवकी पतोहियन के बेसी दुख रहे कि लइकन के पियावे लोग का. फुआ सब कर सुनली आउर घरे लवट अइली. थोड देर ले माथा धऽ के बइठ गइली. फेर फ़ोन लगवली अपना बेटा के दिल्ली. बेटा से कहली की, रे बेटा अईसन कवनो मशीन होइत नु जे ई बता दीत कि दूध में कतना पानी बा आ कतना दूध, त एह दूध वालन के हम छठियार के दूध याद दिवा दितीं.

बेटा कहलन, हाँ रे माई, बा नु एगो मशीन (लक्टोमीटर) जेकरा से ई पता लगावल जाला कि दूध में केतना पानी बा आ कतना दूध. रहऽ, हम कीन के भेज देत बानी. अन्हरा के का चाहीं. दू गो आँख! मिल गईल फुआ के हथियार. कुछ दिन में मशीनिया आइयो गइल. अब फुआ चलली फेरु महल्ला घुमे. कवनो राय- सलाह क अईली. भोरे अइलन सन दुनु दूध वाला, त पूरा महल्ला के लोग कह दिहल की आज सबकर दूध फुए लिहन. ओकनी के हरान कि भाई बात का ह? गइल लोग फुआ के दुआरी त देखल कि ओहिजा त फुआ तयारी क के इन्तजारे करत रहली इ लोग के. पहिले त बड़ी प्रेम से बतियवली फेर लगली ओह लोग के धोवे. दुनू में से कवनो मनबे ना कर सन की दूध में पानी बा. फुआ एतना समुझवलि, बाकि ओहनी के मनबे न कर सन. धीरे-धीरे पूरा महल्ला एकट्ठा हो गइल. तब फुआ निकलली आपन मशीन. डाल दिहली सबका सामने दूध के ड्रम में. ओहममें त आधा से जादा पानी. अब त दूध वालन के हालत ख़राब. जाओ त कहाँ जाओ लोग? महल्ला के सब लोग घेर लिहल आ लागल लोग मारे. गिर गइलन सन दुनू फुआ के गोड़ पर. माफ़ी मगले सन आ तब से सुधर गइलन सन. ओकरा बाद महल्ला के लोग कबो पानी वाला दूध न पीअल

Thursday, June 11, 2009

साड़ी महिमा अपरम्पार

नारी बीच साड़ी बा, की
साड़ी बीच नारी बा।
नारी बा त साड़ी बा, की
साड़ी बा त नारी बा (ठीके कहल बा)
नारी और साड़ी एक दूसरा के पर्याय होला
नारी के सुन्दरता साड़ी में बढ़ जाला
ओकरा खातिर नर लोग के
पाकिट हल्का हो जाला।
जेतना परब बनावल बा
उ सब नारी के खातिर बा।
अब तीज करी त नारी
पहिरी नया साड़ी
जिउतिया करी त नारी
फेरु नया साड़ी
जब छठ करी त नारी
फेरु किनाई साड़ी।
कहल जाओ त नारी
ओह्कर बहुत आभारी
जे एतना परब बना गइल
आउर नया साड़ी के जुगाड़ बता गइल।
साड़ी के विषय में नारी के सामान्यज्ञान
बहुत सही रहे ला
उनकरा खूब मालूम रहेला की
मदरास में कांजीवरम
बनारस में बनारसी
राजस्थान में बांधनी
त कश्मीर में चिनोन भेटाला।
बाबु, भैया
पईसा मत देखिह लोग
मान ल हमार बात
अगर ना किनब लोगिन साड़ी
त होई अंसुवन के बरसात (जे ठीक ना कहाई)
काहे की
जवन घरे हँसे जनानी
तवन घरे बसे भवानी।
त बाबु लोग
जे अगर देखे के बा
सुखी घर संसार
त प्रेम से बोल
"साड़ी महिमा अपरम्पार"